बीरगंज–४ भगवती टोल में दुर्गा पूजा समिति द्वारा सहयोगी आ स्वयंसेवक लोग सम्मानित




बीरगंज, कार्तिक ३ — आकाश कुमार पटेल।बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर–४ स्थित भगवती टोल में पिछिला ११ साल से भव्य रूप से मनावल जात रहल दुर्गा पूजा के नवमी के दिन आज श्री दुर्गा पूजा समिति के सहयोगी, स्वयंसेवक आ समाज के विभिन्न व्यक्तित्व लोग के पूजा पंडाल के भीतर सम्मानित कइल गइल।श्री दुर्गा पूजा समिति के संस्थापक अध्यक्ष श्री प्रकाश उपाध्याय ज्योतिष पंडित पुरुषोत्तम दुबे आ उहाँ के धर्मपत्नी, पंडित रजनिकान्त दुबे, मुख्य जजमान धीरज साह आ उहाँ के धर्मपत्नी विभा साह, स्वयंसेवक संयोजक अनमोल खान आ पत्रकार विमला गुप्ता के खादा ओढ़ाके सम्मानित कइलें।एही तरह समिति के पूर्व अध्यक्ष शर्मा गोसाई, सुमित पटेल आ समाजसेवी श्याम केसी अन्य स्वयंसेवक लोग के खादा ओढ़ाके सम्मानित कइलें।पिछिला ११ साल से लगातार दुर्गा पूजा के भव्य आयोजन में सहयोग करत आ रहल सहयोगी आ स्वयंसेवक लोग के योगदान के कदर करत ई सम्मान कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम से धार्मिक, सामाजिक आ सांस्कृतिक गतिविधि में योगदान देवे वाला लोग के हौसला बढ़ावे के प्रयास कइल गइल।पूरा कार्यक्रम के संचालन श्री दुर्गा पूजा समिति के पूर्व अध्यक्ष सार्दुल भट्टराई कइलें।

